Jan Gayini Ye Ho Jaan Lyrics
जान गईनी ए हो जान
जान गईनी जान
जान गईनी ए हो जान
जान गईनी जान
प्यार नईखे लिखल...
प्यार नईखे लिखल हाथ के लकीर में
नईखु तकदीर में, ए जान
प्यार नईखे लिखल हाथ के लकीर में
नईखु तकदीर में, ए जान
दिल टुटला के कवनो होला ना आवाज हो
फिर कईसे सुनी ई जमाना?
हो जयबू दोसर के तू कुछ दिन के बात बा
दिल पगला रोई बन दीवाना
सतरंगी सपना साजन के मनवा सजावे लागल
पिया मिलन के प्यास जिया में नया-नया बा जागल
सीख लेहब हम भी, हाँ
सीख लेहब हम भी गम में हँसे के अदा
अब जीये के पड़ी...
अब जीये के पड़ी प्रितिया के पीर में
नईखु तकदीर में, ए जान
प्यार नईखे लिखल हाथ के लकीर में
नईखु तकदीर में, ए जान
अक्सर ई होला केहु हँस केहू रोवे ला
प्रेम के भी लीला कुछ अजीब बा
बेवफ़ा भी कह दी कईसे मासूम यार के?
दगाबाज अपन ही नसीब बा
बन के दुल्हिया जईबू जहिया सईयाँ जी के गाँव में
रखिहाँ अपना राजा जी के तू झुल्नी के छाँव
खुश रहा तू हरदम, हो
खुश रहा तू हरदम दिल से ईहे बा दुआ
साँस बन के बसल...
साँस बन के बसल बाड़ू तू शरीर में
नईखु तकदीर में, ए जान
प्यार नईखे लिखल हाथ के लकीर में
नईखु तकदीर में, ए जान
Writer(s): Pyarelal Yadav, Rajnish Mishra
Lyrics powered by www.musixmatch.com
More from Mehandi Laga Ke Rakhna
Loading
You Might Like
Loading
4m 2s · Bhojpuri